पहिला सत्र
चेक-इन
(1 min)
सभे प्रतिभागी अउर स्वयं संचालक के चेक-इन करा लीं।
Or six.zume.training/checkin and use code: 3354
प्रार्थना
(5 min)
प्रार्थना से शुरुआत करीं। पवित्र आत्मा के बिना आत्मिक दर्शन अउर बदलाव संभव नइखे। एगो समूह के रूप में समय निकाल के उनकरा के एह सत्र में मार्गदर्शन करे खातिर आमंत्रित करीं।
अवलोकन
(1 min)
एह सत्र में हमनी के एह सिद्धान्त सभ के सुनब जा अउर चर्चा करब जा:
- परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
- चेला अउर कलीसिया के सरल परिभाषा
- आत्मिक साँस लिहल परमेश्वर के सुनल अउर उनकर आज्ञा मानल बा
READ
(5 min)
परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
जूमे प्रशिक्षण में स्वागत बा। जूमे ग्रीक शब्द बा जवन "खमीर" के मतलब देला। यीशु हमनी के बतावेला कि परमेश्वर के राज्य एगो औरत जइसन बा जे थोड़ा सा "जूमे" लेके बहुत सारा आटा में मिलावे। जब ऊ खमीर के मिलावत रहे, त ऊ फइलत गइल जब तक सगरा आटा में नहीं फइल गइल। यीशु हमनी के देखावत रहले कि एगो सामान्य आदमी कुछ बहुत छोटा चीज लेके एकरा से बहुत बड़ा प्रभाव डाल सकेला!
हमार सपना बा कि हमनी ऊ काम करी जे यीशु कहले - दुनिया भर के सामान्य लोगन के मदद करी कि ऊ लोग छोटा औजार इस्तेमाल करके परमेश्वर के राज्य में बड़ा प्रभाव डाल सकें!
यीशु के अंतिम निर्देश ओकर अनुयायी लोगन के सरल रहे। उ कहले - "स्वर्ग आ पृथ्वी के सगरा अधिकार मोरे दिहल गइल बा। एह से जा आ सगरा राष्ट्र के चेला बनावा, ओकरन के पिता, पुत्र आ पवित्र आत्मा के नाम से बपतिस्मा देवा, आ जे सब मैं आज्ञा दिहेन ओसब के माने सिखावा, आ मैं हमेशा तोहरे साथ रहब - युग के अंत तक।"
यीशु के आज्ञा सरल रहे - चेला बनावा। एकरा के कइसे करे के निर्देश भी सरल रहे - जहाँ कहीं जाव चेला बनावा:
पिता, पुत्र आ पवित्र आत्मा के नाम से बपतिस्मा देके चेला बनावा
जे सब उ आज्ञा दिहले ओसब के माने सिखाके चेला बनावा
चेला बनावे के का-का चरण बा?
हमनी जहाँ कहीं जाईं चेला बनावे के चाहीं। जब कोई यीशु के पीछे चले के फैसला करे - ओकरा बपतिस्मा लेके चाहीं। जब ऊ बढ़े - हमनी हर चेला के सिखावे के चाहीं कि यीशु जे सब आज्ञा दिहले सब कइसे माने।
काहे कि उ जे चीज आज्ञा दिहले ओह में से एगो चेला बनावना भी बा, एकर मतलब बा कि हर चेला जे यीशु के पीछे चले ओकरो सीखे के पड़ी कि चेला कइसे बनावे के।
ऊ चेला लोग के चेला बनावे के चाहीं। आ ऊ चेला लोग के भी चेला बनावे के चाहीं। चेला के गुणा करना। इहे तरीका से जूमे काम करेला। ई खमीर जइसन बा - सगरा आटा में फइलत जाव जब तक सब आटा नहीं फूल जाव।
जब यीशु ई आज्ञा दिहले कि जाके चेला बनावा, त उ एगो वादा भी दिहले। यीशु कहले - "मैं हमेशा तोहरे साथ रहब। युग के अंत तक।"
हर अनुयायी के एह वादा पर भरोसा करे के चाहीं कि यीशु हमेशा हमरे साथ बा। काहे कि उ बा! लेकिन एकर मतलब ई भी बा कि यीशु के हर अनुयायी के ई बात मानके चले के चाहीं कि यीशु चाहेला कि हमनी में से हर एक चेला बनावे। काहे कि उ चाहेला।
यीशु कहले - "स्वर्ग आ पृथ्वी के सगरा अधिकार मोरे दिहल गइल बा। एह से जा आ चेला बनावा।"
जे अधिकार पर यीशु भरोसा करेला जब उ हमनी के भेजेला - ऊ ओकर अधिकार बा। यीशु कहले कि एकरा से ऊंचा कोई अधिकार नइखे। कोई परंपरा में एकरा से जादा अधिकार नइखे। कोई संस्कृति में एकरा से जादा अधिकार नइखे। धरती पर कोई कानून में एकरा से जादा अधिकार नइखे।
यीशु कहले - "जा आ चेला बनावा।"
आ खमीर जइसन हमनी फइलत रहब आ बढ़त रहब जब तक सगरा काम पूरा नहीं हो जाव।
चर्चा
(10 min)
- अगर यीशु अपन हर अनुयायी से चाहेलें कि उ लोग उनकर महान आज्ञा के पालन करे, तऽ फेरु एतना कम लोग काहे चेला बनावत बा?
READ
(5 min)
चेला अउर कलीसिया
ज़ुमे प्रशिक्षण में वापसी के स्वागत बा। एह सत्र में हमनी के चेलन अउर कलीसिया के बारे में बात करब जा।
चेला का होला? आ रउरा कइसे बनाईं?
रउवां यीशु के अनुयायी के उनकर सब आज्ञा के पालन करे के कइसे सिखावेनी? रउवां अइसन आदमी के कइसे ले जाईं जे आपन जीवन दुनिया के बंदी बना के जियले बा अउर ओकरा के परमेश्वर के राज्य के नागरिक बने खातिर सुसज्जित करीं?
चेला शब्द के अर्थ अनुयायी होला। त चेला परमेश्वर के अनुयायी होला। यीशु कहले - स्वर्ग आ धरती में सब अधिकार हमरा के दिहल गइल बा। त परमेश्वर के राज्य में, यीशु हमनी के राजा हवें। हमनी के उनकर नागरिक हईं जा, उनकर इच्छा के प्रजा हईं जा। उनकर इच्छा, उद्देश्य, मंशा, प्राथमिकता आ मूल्य सभसे ऊँच आ सभसे नीक होला। उनकर वचन व्यवस्था ह। त राज्य के नियम का ह? यीशु अपना नागरिकन से का करे के कहत हउवें?
यीशु कहले -- प्रभु परमेश्वर से पूरा हृदय से, पूरा आत्मा से, पूरा मन से अउर पूरा ताकत से प्रेम करीं। यीशु कहले -- अपना पड़ोसी से अपना जइसन प्रेम करीं। यीशु कहले कि पुरान नियम से परमेश्वर के आज्ञा -- सब व्यवस्था अउर भविष्यवक्ता -- के एह दुनो चीजन में संक्षेप में बतावल जा सकेला -- परमेश्वर से प्रेम करीं अउर लोग से प्रेम करीं। यीशु कहले -- चेला बनाईं। यीशु कहले -- उनकरा के सिखाईं कि उ सब आज्ञा के पालन करस।
चूँकि चेला बनावे में उनकरा के उ सब सिखावल शामिल बा जवन यीशु के आज्ञा देले रहले -- नया नियम के संक्षेप में एह एक बात में कहल जा सकेला -- चेला बनाईं।
चेला यीशु के अनुयायी होला जे परमेश्वर से प्रेम करेला, लोग से प्रेम करेला आ चेला बनावेला।
त कलीसिया का होला?
हो सकेला कि रउवां के कलीसिया के एगो भवन के रूप में सोचे के आदत होखे - एगो अइसन जगह जहाँ रउवां जाइब। लेकिन परमेश्वर के वचन कलीसिया के बारे में एगो सभा के रूप में बात करेला - एगो अइसन लोग जवना से रउवां संबंधित बानी।
बाइबल में "कलीसिया" शब्द के प्रयोग तीन अलग-अलग तरीका से कइल गइल बा:
१. सार्वभौमिक कलीसिया (विश्वव्यापी कलीसिया) -- उ सब लोग जे यीशु के अनुयायी रहले, बाड़े अवुरी कबो होईहे
२. शहर या क्षेत्रीय कलीसिया -- उ सब लोग जे यीशु के पीछे चलेला अउर दुनिया के कवनो खास इलाका में या ओकरा आसपास रहेला
३. घर में कलीसिया -- उ सब लोग जे यीशु के पीछे चलेलन अउर उहाँ मिलेलन जहाँ ओहमें से एक या एक से अधिक लोग रहेला।
एगो आध्यात्मिक परिवार - यीशु के अनुयायी जे परमेश्वर से प्रेम करेलन, लोग से प्रेम करेलन अउर चेला बनावेलन अउर जे स्थानीय रूप से एक साथ मिलेलन, एह आखिरी तरह के कलीसिया के निर्माण करेलन - घर में कलीसिया या साधारण कलीसिया।
जब एह साधारण कलीसिया के समूह कुछ बड़हन करे खातिर जुड़ जाला, एक साथ, त उ लोग एगो शहर या क्षेत्रीय कलीसिया बना सकेला।
ऊ सब साधारण कलीसिया क्षेत्रन में नेटवर्किंग आ इतिहास में फइलल सार्वभौमिक कलीसिया के निर्माण करेला।
ई बा उ कलीसिया जवना में बड़का "सी" बा
साधारण कलीसिया आध्यात्मिक परिवार हवें जेकरा केंद्र आ राजा यीशु हवें। साधारण कलीसिया आध्यात्मिक परिवार ह जवन परमेश्वर से प्रेम करेला, दूसरा से प्रेम करेला अउर चेला बनावेला जे गुणा करेला। कुछ कलीसियन में बिल्डिंग आ प्रोग्राम आ बजट आ स्टाफ बा। लेकिन साधारण कलीसिया के परमेश्वर से प्रेम करे, दूसरा से प्रेम करे अउर गुणा करे वाला चेला बनावे खातिर एह में से कवनो चीज के जरूरत नइखे। अउर चूंकि कवनो अतिरिक्त चीज एगो कलीसिया के अउरी जटिल अउर गुणा करे में कठिन बना देला, हमनी के प्रशिक्षण बिल्डिंग अउर प्रोग्राम अउर बजट अउर स्टाफ जइसन चीजन के शहर या क्षेत्रीय कलीसिया पर छोड़ देला जवन साधारण कलीसिया के गुणा से बनल बा।
याद रखीं "zume" के मतलब होला "खमीर" -- एगो साधारण, एकल कोशिका वाला जीव जवन जल्दी प्रजनन करेला।
Zume ट्रेनिंग के साथ - हमनी के ओह खमीर जइसन होखे वाला बानी जा - सरल आ गुणा करे वाला। लेकिन गुणा शुरू करे से पहिले - आईं ई सुनिश्चित कर लीं कि हमनी के मालूम होखे कि परमेश्वर का चाहत बाड़न कि का प्रजनन कइल जाव। काहे कि गुणा बढ़िया हो सकेला - बाकिर हमेशा ना। कैंसर भी गुणा ह। आ ई जानलेवा बा। त हमनी मौत के ना, जीवन के कइसे प्रजनन करीं जा? आ हमनी कइसे सुनिश्चित करब जा कि हमनी का प्रजनन करे लायक चेला हईं जा?
चर्चा
(10 min)
- जब रउआ कलीसिया के बारे में सोचेनी तऽ राउर दिमाग में का आवेला?
- ओह तस्वीर अउर वीडियो में बतावल गइल "साधारण कलीसिया" में का फर्क बा?
- रउरा का लागत बा, एकरा में से कवना के बढ़ावल (गुणात्मक कइल) आसान होखी अउर काहे?
READ
(5 min)
परमेश्वर के बात सुनल आ मानल
जूमे शिक्षा पावला में राऊर स्वागत बा।
हमनी के एह भाग में परमेश्वर से सुनल अऊर जेवन सुनले बानी ओकरा के कइला के बारे में बात कइल जा।
सांस लिहल जीवन बा। हमनी के सांस भीतर लेई ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोडे ली जा। जीवन।
सांस लिहल परमेश्वर के राज में ओतना ही खास बा।
सही में परमेश्वर आपन आत्मा के - "सांस" कहेलन।
परमेश्वर के राज में, जब हमनी के परमेश्वर के बात सुने ली जा, त सांस भीतर लेई ली जा।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकर वचन के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - बाइबल।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के प्रार्थना के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - उनकरा संगे हमनी के बातचीत।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकरा देह के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - चर्च, प्रभु यीशु के दूसरे चेला।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकरा काम के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - घटना, अनुभव अऊर सताव अऊर दुःख जेकरा से उ आपन लइकन के जाये देबेलन।
परमेश्वर के राज में हमनी के सास बाहरा छोडे ली जा, जब हमनी के परमेश्वर बात पर काम करे ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोडे ली जा जब हमनी के आदेश माने ली जा।
कबो-कबो आदेश मनला के खातिर सांस बाहरा छोड़ला के मतलब बा आपन बिचार, आपन शब्द, या आपन काम के बदलल, ओह लोगन के प्रभु यीशु अऊर उनकरा इच्छा के संगे मेल में ले आवे खातीर।
कबो-कबो आदेश मनला के खातिर सांस बाहरा छोड़ला के मतलब होखे ला ओकरा के बाटल जेवन प्रभु यीशु हमनी के संगे बटले बाड़न-ओकरा के दिहल जेवन उ हमनी के देले बाड़न - ताकि दूसर केहू भी आशिर्वाद पावस, जईसन कि परमेश्वर हमनी के आशिर्वाद देबेलन।
प्रभु यीशु एगो चेला के खातीर - एहसास भीतर लिहल अऊर बाहरा छोड़ल खास बा। इहे हमनी के जीवन बा।
प्रभु यीशु कहलन पुत्र खुद से कुछ ना क सकेलन। जेवन उ पिता के करत देखेलन, उहे करेलन। जेवन कुछ पिता करेलन, उहे पुत्र भी करेलन।
प्रभु यीशु कहलन - हम अपना अधिकार से बात नइखी करत। पिता जेवन हमरा के भेजले बाड़न उहे हमरा के आदेश देले बाड़न कि का कहे के बा अऊर कइसे कहे के बा।
प्रभु यीशु कहलन कि जेवन शब्द उ कहलन अऊर हर एगो काम उ कईसन, उ परमेश्वर से सुनला अऊर उनकर आदेश मनला पर भरोसा बा।
सांस भीतर लिहल-परमेश्वर क बात सुनल।
सांस बाहरा छोड़ल - जेवन रऊवा सुनी ला उनकर आदेश मानी ला अऊर दूसरा के संगे ओकरा के बांटी ला।
प्रभु यीशु कहलन कि उनकर चेला भी परमेश्वर के बात सुनीहन, उनकरा के पवित्र आत्मा के सहायता से उनकर सांस-जेवन उनकर हर एगो चेला के दिहल जाई।
प्रभु यीशु कहलन - सहायक, पवित्र आत्मा, जेकरा के पिता हमरा नाम से भेजिहन, उ तोहन लोग के सगरी बात सीखईहन अऊर हमार सगरी बात याद करइहन।
सांस भीतर लिहल - परमेश्वर के बात सुनला।
सांस बाहरा छोड़ल - जेवन रऊवा सुनी ला उनकरा आदेश के मानी ला अऊर दूसरा के संगे ओकरा के बांटी ला।
प्रभु यीशु हमनी के देखावत रहलन कि कइसे जीयल जाला।
त हमनी के परमेश्वर के अवाज के कइसे सुने ली जा? हमनी के कइसे जानव जा कि आदेश कइसे माने के बा?
प्रभु यीशु खुद के "अच्छा चरवाहा" कहले बाड़न। प्रभु यीशु अपना चेलन के "भेड़" कहले बाड़न।
प्रभु यीशु कहलन - हमार भेड़ हमार अवाज सुने ली, अऊर हम उनकरा के जानत बानी अऊर उ हमरा पिछे चले ली।
प्रभु यीशु कहलन - जे केहू परमेश्वर के बा उ परमेश्वर क बात सुने ला। तु ना सुने ल काहे से कि तु परमेश्वर के नइख।
प्रभु यीशु के चेलन के तरीका में, हमनी के उनकर अवाज सुने के खातीर उनकरा जईसन होखे के चाही।
हमनी के चुप रहि के उनकर अवाज सुने ली जा।
प्रभु यीशु पर धियान लगावला के जरिये हमनी के उनकर अवाज सुने ली जा।
हमनी के अपना विचार में, अपना देखला में अऊर असर में उनकर अवाज के सुने ली जा।
जब हमनी के सुन के लिखे ली जा तब हमनी के उनकर अवाज के सुने ली जा।
हर एगो अवाज, हर एगो विचार, हर एगो देखल, भावना या असर परमेश्वर के अवाज नइखे।
कबो-कबो इ दुश्मन के अवाज होखे ला। प्रभु यीशु कहलन हमनी के दुश्मन झूठा बा अऊर झूठा के बाप बा। प्रभु यीशु कहलन हमनी के दुश्मन चोरोवे, घात करे अऊर नाश करे खातीर आवे ला।
बाकी परमेश्वर कहत बाड़न कि हमनी के उनकर अवाज सुनब जा अऊर हमनी के मालूम हो जाई जब उ हमनी से बात करेलन।
कोशिश (अभ्यास) अऊर प्रार्थना के जरिये, हमनी के परमेश्वर के अवाज के सबसे बढ़िया से जान सकत बानी जा। हमनी के इ जानल सीख सकत बानी जा कि जेवन हमनी के सुनत बानी जा उ परमेश्वर के अवाज बा कि केहू दूसरा के अवाज बा।
जेवन हमनी के सुने ली जा ओकरा के परखे खातीर कुछु तरीका बा:
जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज हरमेशा उनकर लिखल वचन-यानी बाइबल- के संगे मेल खाई जेकरा के हमनी के पहिले बता दिहल गईल बा। उनकर बोलल गईल अवाज उनकर लिखल अवाज के खिलाफ में कबो ना होई।जब प्रभु यीशु बात करेलन - तब उनकर अवाज हमनी के हृदय के आशा अऊर शांति के एगो महसुस (एहसास) देबे ला। उनकर अवाज हमनी पर दोष ना लगाई या हमनी के निराश ना करे ला। प्रभु यीशु प्रेम से सुधारे लन।प्रभु यीशु के अवाज शरीर के काम के ना देखाई-शरीर के गलत काम अऊर अशुद्ध, व्यभिचार, मूर्तिपूजा अऊर काला जादू, लड़ाई अऊर झगड़ा, जलन अऊर करोध, खुद के फायदा, अलगा-अलगा विचार, गुटबाजी अऊर डाह, पियक्कड़ अऊर मऊज मस्ती। इ बात परमेश्वर के अवाज के ओर से नइखे।जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज परमेश्वर के आत्मा के फल देखाई देबे लागी- प्रेम अऊर खुशी, शांति अऊर धीरज, दया अऊर भलाई, विश्वास जोग, दीन अऊर आत्मा के संयम।जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज हमनी के खुद के विश्वास देबे ला ना कि शक। हमनी के अपना भीतर ज्ञान अऊर शांति के एहसास करी ली जा कि जेवन हमनी के सुन रहल बानी जा, उ परमेश्वर के ओर से बा। हो सकेत हमनी के एक ही बार में सगरी कुछ ना सुन पाई जा। हो सकेत हमनी के उनकर केवल एगो भाग सुन पायी जा जेवन हमनी के जाने के जरूरत बा। बाकी जेवन हमनी के सुने ली जा उ बहुत मजबुत होई- उ बदलीना।
प्रभु यीशु हर एगो चेला के खातीर शुभ (बढ़िया) समाचार इ बा कि जब हमनी के सांस भीतर लेई ली जा अऊर परमेश्वर से सुने ली जा अऊर जब हमनी के सांस बाहरा छोड़े ली जा अऊर जेवन हमनी के सुने ली जा उनकरा आदेश के माने ली जा अऊर दुसरा के बतावे ली जा - तब परमेश्वर अऊर भी सही तरीका से बात करिहन।
उनकर सांस हमनी से भी अधिक निकली।
तब हमनी के अऊर सही तरीका से उनकर अवाज सुन पाईब जा।
हमनी के उनकर अवाज के पहिचानब जा ना कि दुसरा के।
हमनी के दुनिया में उनकरा काम के देखब जा अऊर उनकरा संगे मिल के काम क पाइब जा।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोड़े ली जा। जीवन।
चर्चा
(10 min)
- परमेश्वर के आवाज सुनल आ पहिचानल सीखेला काहे जरूरी बा?
- का प्रभु के आवाज सुनल आ ओकर जवाब दिहल सचमुच साँस लेबे जइसन बा? काहे चाहे काहे ना?
समीक्षा
(1 min)
एह सत्र में सुनल गइल सिद्धान्त:
- परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
- चेला अउर कलीसिया के सरल परिभाषा
- आत्मिक साँस लिहल परमेश्वर के सुनल अउर उनकर आज्ञा मानल बा
NEXT STEP
आज्ञा मानल
एह परिभाषा के अपना दोस्त के साथ साझा करे के अभ्यास करीं आ प्रभु से प्रार्थना करीं कि ऊ राउर दिल आ आत्मा के भीतर गहिराई से बइठा देस। प्रभु से पूछीं कि उ केकरा से ई साझा करे के चाहत बाड़े।
साझा कइल
जेकरा साथे प्रभु रउरा के अइसन करे के खातिर प्रेरित करस ओकरा से ई परिभाषा सभे साझा करीं। फेर ओह लोग के तइयार करीं कि ऊ लोग एकरा के केहू दोसरा से साझा करस।