जूम प्रशिक्षण का होखेला?

जूम जेकर मतलब ग्रीक भाषा में 'खमीर' होला, एगो गहिरा माने रखेला। मत्ती 13:33 में, यीशु स्वर्ग के राज्य के तुलना ओह खमीर से कइले बाड़न जे आटा के एगो बड़ा हिस्सा में मिलावल गइल आ धीरे धीरे पूरा आटा मेंफइल गइल। ई दृष्टांत ई देखावेला कि कि आम लोग, साधारण साधन के इस्तेमाल से, परमेश्वर के राज्य खातिर गजब के असर डाल सकेला।

जूम प्रशिक्षण हमनी के पीढ़ी में बढ़ोतरी करत चेला से दुनिया के भर दिहल खातिर मौजूद बा।

2015 में, यीशु के महान आयोग के आदेश पर जोनाथन परियोजना के अगुवाई बैठक बोलावल गईल। ओहिजा सभे मिल के प्रार्थना कइलें आ दुनियाभर में चेला बढ़ावे के चुनौती पर चर्चा कइलें। ई बात समुझत कि एगो अइसन प्रशिक्षण के जरूरत बा जे सहज, बहुभाषी आ लचील होखे। आ यीशु के एही बुलावा के अनुरूप होखे कि साधारण लोग परमेश्वर के राज खातिर 'खमीर' बने। तऽ ऑनलाइन वीडियो के विचार उठल। आखिर में ई बिचार बिकसित भइल आ अब जूम के नाम से जानल जाला।

जूम प्रशिक्षण में चेला बनावे के जे बुनियादी सिद्धांत बा, ऊ सीधा बाइबल से लिहल गइल बा अउर तीस साल से अधिक समय से दुनिया भर में एकर परीक्षण हो रहल बा। ई सिद्धांत साधारण विस्वासी लोग के इ ताकत देला कि ऊ खुद चेला बने आ दूसरन के चेला बनावे, जवना से लाखों चेला आत्मिक अंधियारा में डूबल जगहन में परमेश्वर के राज्य के आगे बढ़ावेलन।

People on globe
Online training on devices

14 फरवरी 2017 के परमेश्वर के राज्य के सहयोग से जूम प्रशिक्षण के शुरुआत भइल, आ ई अबले एगो खुला पहल बनल बा, जवना पर कौनो संगठन के औपचारिक नियंत्रण चाहे अलग संस्था नइखे। चूंकि जूम कवनो संगठन से नइखे चलावल जात, एही से एकर कौनो औपचारिक विश्वास के घोषणा नइखे। बाकि, जे जे लोग जुड़ल बाड़न, सभे लौजेन वाचा से सहमत बाड़न।

हमनी के पीढ़ी में बढ़त चेलन से पूरा दुनिया के भर देवे के मकसद बा। एह प्रशिक्षण में पावल जाए वाला बाइबिल के सिद्धांत सरल बा। एह सिद्धांतन के अभ्यास में दुनिया बदले के ताकत बा।

जूम के दर्शन ओह खमीर जइसन बा जे पूरा आटा में काम करेला अउर परमेश्वर के राज्य के बुनियादी टूल के दुनिया भर के मोहल्लन में फैलावेला।

Groups around the globe

जूम के दर्शन दू भाग में:

1 Training

1 प्रशिक्षण

उत्तरी अमेरिका में हर 5,000 लोगन पर कम से कम एगो चेला बनावे वाला के प्रशिक्षण दिहल आ दुनिया भर में हर 50,000 लोगन पर एगो चेला बनावे के तइयार कइल।

2 Simple Churches

2 साधारण कलीसियन

प्रशिक्षित चेला बनावे वाला लोग उत्तरी अमेरिका में हर 5,000 लोगन पर कम से कम 2 गो साधारण आ बढ़े वाला कलीसियन शुरू करे आ दुनिया भर में हर 50,000 लोगन पर 2 गो साधारण कलीसिया के स्थापना करे।

एह छोट-छोट शुरुआत के साथ ... जवना के बाइबिल में खमीर कहेला ... हमनी के देख सकेनी कि दुनिया के कई गो चेला अउर कलीसिया से भर गइल होई। जूम प्रशिक्षण के खोज करीं आ पता करीं कि कइसे!

जूम प्रशिक्षण कइसे काम करेला?

मुफ्त पंजीकरण रउआ के सभ प्रशिक्षण सामग्री आ ऑनलाइन कोचिंग पूरा तरह से प्रदान करेला।

निर्देशात्मक वीडियो राउर समूह के बढ़त चेलन के बुनियादी सिद्धांत के समझे में मदद करेला।

समूह चर्चा राउर समूह के बतावल बात पर सोच विचार करे में मदद करेला।

सरल अभ्यास राउर समूह के सीखल बात के व्यवहार में उतारल में मदद करेला।

सत्र के चुनौतियन राउर समूह के सत्रन के बीच में सीखत रहे अउर आगे बढ़त रहे में मदद करेला।

Zúme Training video

शुरू करे से पहिले।

Group around a table

जूम बाकी प्रशिक्षण जइसन नइखे!

पहिला:

जूम के समूह में करे खातिर बनावल गइल बा। समूह अभ्यास, चर्चा, अउर कौशल के अभ्यास सब दुसरन के साथ कइल जादा बेहतर होई, एहसे अगर हो सके तऽ एगो समूह के जुटा लीं।

दूसरा:

जूम के मतलब खाली ज्ञान हासिल करइल ना बल्कि कौशल विकसित करे क्षमता बनावे के बा, हर सत्र के मकसद बा कि कुछ फलदायी काम होखे। एह प्रशिक्षण के सबसे बेहतर नतीजा होखी बदलल जीवनशैली आ रउरा विश्वास में बढ़ल ताकत के अनुभव।

का जरुरी बा

प्रशिक्षण खातिर जरूरी बा:

  • कम से कम 3 लोग, बाकि आदर्श रूप से 12 गो से कम।
  • कोर्स के सिद्धांत अउर टूल सीखे आ अभ्यास करे खातिर 20 घंटा बितावे के प्रतिबद्धता।
  • एगो आदमी (संभावित रूप से रउआ) जे मीटिंग के समय में आ जगह के तय करी अउर चर्चा के अगुवाई करी आ कार्रवाई करे वाला बतियन के बढ़ावा देई।
Training group

प्रशिक्षण खातिर जरूरी नइखे:

  • राउर समूह से बेसी ज्ञान चाहे अनुभव के जरूरत नइखे! अगर रउआ अगिला पर क्लिक कर सकेनी तऽ रउआ जूम प्रशिक्षण के अगुवाई कर सकेनी।
  • प्रशिक्षण के अगुवाई करे खातिर कवनो खास अनुमति के जरूरत नइखे! जूम खुद से करे वाला आ खुद से शुरू करे वाला बा, आज ही से शुरु कर सकेनी
Not required

प्रशिक्षक से जुड़ाव।

Coach with a person

पूरा राह में जूम समुदाय राउर सहयोग करे खातिर तइयार बा। एगो प्रशिक्षक रउआ अउर राउर समूह के मदद करी कि प्रशिक्षण सफलतापूर्वक लागू हो सके। अगर कवनो सवाल चाहे चिंता होखे तऽ बेहिचक पुछीं!

एगो कोच ले लीं

का रउआ तैयार बानी? आज ही पंजीकरण कराईँ।

Register
पंजीकरण मुफ्त बा