50+भाषा

चेला बनावेप्रशिक्षणयीशु के मानेला वाला समूहन खातिर

पंजीकरण मुफ्त बा

यीशु के जइसन बनल... एक साथ

अवलोकन (सारांश)

  • समूह चर्चा
  • खुद से चलावे वाला
  • अभ्यास-आधारित
  • 32 सिद्धान्त आ कौशल
  • 20 घंटा के प्रशिक्षण
Group doing Zúme

मुफ्त। कबो भी। कहीं भी।

गहिर समझ हासिल करीं...

Being a disciple

चेला बनल

  • चेला का होला?
  • कलीसिया का होला?
  • आत्मिक बढ़ोतरी के कुंजी
  • निजी बाइबिल अध्ययन
  • मजबूत प्रार्थना जिनगी
  • आज्ञाकारी विश्वास के ताकत
Making disciples

चेला बनावल

  • परमेश्वर के कहानी साझा कइल
  • आपन कहानी बतावल
  • खोजी लोगन से जुड़ल
  • दर्शन प्रस्तुत कइला के जरिए गुणातमक बढ़ोतरी
  • एगो साधारण कलीसिया के अगुवाई कइल
  • दोसरा के प्रशिक्षण दिहल

आम लोग। सरल कदम।

Zúme video

ई कइसे काम करेला

मुफ्त पंजीकरण रउआ के सभ प्रशिक्षण सामग्री आ ऑनलाइन कोचिंग पूरा तरह से प्रदान करेला।

निर्देशात्मक वीडियो राउर समूह के बढ़त चेलन के बुनियादी सिद्धांत के समझे में मदद करेला।

समूह चर्चा राउर समूह के बतावल बात पर सोच विचार करे में मदद करेला।

सरल अभ्यास राउर समूह के सीखल बात के व्यवहार में उतारल में मदद करेला।

सत्र के चुनौतियन राउर समूह के सत्रन के बीच में सीखत रहे अउर आगे बढ़त रहे में मदद करेला।

अपना खुद के प्रशिक्षण बनाईं

Gather a group

कुछ दोस्तन के इकट्ठा करीं चाहे मौजूदा छोट समूह के साथे ई कोर्स के शुरु करीं। आपन प्रशिक्षण समूह बनाईं आ आपन प्रगति के ट्रैक करीं।

बनाईं

कवनो प्रशिक्षण में शामिल होखीं

Join a training group

अगर रउआ अभी समूह ना जुटा सकीं तऽ हमनी के अनुभवी जूम प्रशिक्षक के जरिए संचालित कवनो ऑनलाइन प्रशिक्षण समूह से जुड़े खातिर विचार करीं।

जुड़ीं

प्रशिक्षक के निहोरा करीं

Request a coach

हम रउआ के एगो मुफ्त जूम प्रशिक्षक से जोड़ सकेनी जे प्रशिक्षण के समझवे अउर फलदायी चेला बनावे में मदद करी।

मदद लीं

असली लोग ... असली कहानी।

Real people

हम बरिसों तक बाइबिल अध्ययन अउर कलीसिया में नियमित रुप से गइनीं, बाकि जूम में हमरा चेलापन के सरल सच्चाई मिलल ओकरा कबो ना समझ पवले रहनी। ~ सी

ई काम केहू कर सकेला। एकरा खातिर कवनो खास कौशल चाहे प्रशिक्षण के जरूरत नइखे। ~ जे

ई ओह सब चेलन खातिर बा जे महान आदेश के पालन कइल चाहत बा। जूम प्रशिक्षण एगो सामान्य मसीही जीवनशैली के दर्शावेला। ~ डी

इ सिद्धान्त अउर कौशल हमनी के कलीसिया अउर दुनिया पर हमनी के प्रभाव के बदल दिहलस। ~ आर

जूम = खमीर

जूम के मतलब ग्रीक में खमीर होला। मत्ती 13:33 में, यीशु एगो दृष्टांत सुनवलें, "स्वर्ग के राज्य खमीर जइसन बा जेकरा कवनो अउरत लेके तीन पसेरी आटा में मिला दिहलस जब तक कि ऊ सब खमीर ना हो गइल।" इ दृष्टांत बतावेला कि आम लोग, साधारण संसाधन के उपयोग करके, परमेश्वर के राज्य खातिर असाधारण प्रभाव डाल सकेला। जूम के मकसद बा कि आम विश्वासियन के प्रशिक्षित कइल आ तइयार कइल जाव ताकि ऊ लोग हमनी के पीढ़ी में पूरा दुनिया में चेलापन के बढ़ोतरी से भर दी।

आपन अगिला कदम उठावे खातिर तइयार बानी?

Register

पंजीकरण मुफ्त बा।

Gather a group

समूह के जुटावल जाव।

Change the world

दुनिया के बदल दीं।

शुरू करीं