पहिला सत्र
चेक-इन
(1 min)
सभे प्रतिभागी अउर स्वयं संचालक के चेक-इन करा लीं।
Or six.zume.training/checkin and use code: 5678
प्रार्थना
(5 min)
प्रार्थना से शुरुआत करीं। पवित्र आत्मा के बिना आत्मिक दर्शन अउर बदलाव संभव नइखे। एगो समूह के रूप में समय निकाल के उनकरा के एह सत्र में मार्गदर्शन करे खातिर आमंत्रित करीं।
अवलोकन
(1 min)
एह सत्र में हमनी के एह सिद्धान्त सभ के सुनब जा अउर चर्चा करब जा:
हमनी के एह टूल के अपना टूलकिट में जोड़ब जा:
- परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
- चेला अउर कलीसिया के सरल परिभाषा
- आत्मिक साँस लिहल परमेश्वर के सुनल अउर उनकर आज्ञा मानल बा
- एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल पढ़ल
- उत्तरदायित्व समूह
READ
(5 min)
परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
जूमे प्रशिक्षण में स्वागत बा। जूमे ग्रीक शब्द बा जवन "खमीर" के मतलब देला। यीशु हमनी के बतावेला कि परमेश्वर के राज्य एगो औरत जइसन बा जे थोड़ा सा "जूमे" लेके बहुत सारा आटा में मिलावे। जब ऊ खमीर के मिलावत रहे, त ऊ फइलत गइल जब तक सगरा आटा में नहीं फइल गइल। यीशु हमनी के देखावत रहले कि एगो सामान्य आदमी कुछ बहुत छोटा चीज लेके एकरा से बहुत बड़ा प्रभाव डाल सकेला!
हमार सपना बा कि हमनी ऊ काम करी जे यीशु कहले - दुनिया भर के सामान्य लोगन के मदद करी कि ऊ लोग छोटा औजार इस्तेमाल करके परमेश्वर के राज्य में बड़ा प्रभाव डाल सकें!
यीशु के अंतिम निर्देश ओकर अनुयायी लोगन के सरल रहे। उ कहले - "स्वर्ग आ पृथ्वी के सगरा अधिकार मोरे दिहल गइल बा। एह से जा आ सगरा राष्ट्र के चेला बनावा, ओकरन के पिता, पुत्र आ पवित्र आत्मा के नाम से बपतिस्मा देवा, आ जे सब मैं आज्ञा दिहेन ओसब के माने सिखावा, आ मैं हमेशा तोहरे साथ रहब - युग के अंत तक।"
यीशु के आज्ञा सरल रहे - चेला बनावा। एकरा के कइसे करे के निर्देश भी सरल रहे - जहाँ कहीं जाव चेला बनावा:
पिता, पुत्र आ पवित्र आत्मा के नाम से बपतिस्मा देके चेला बनावा
जे सब उ आज्ञा दिहले ओसब के माने सिखाके चेला बनावा
चेला बनावे के का-का चरण बा?
हमनी जहाँ कहीं जाईं चेला बनावे के चाहीं। जब कोई यीशु के पीछे चले के फैसला करे - ओकरा बपतिस्मा लेके चाहीं। जब ऊ बढ़े - हमनी हर चेला के सिखावे के चाहीं कि यीशु जे सब आज्ञा दिहले सब कइसे माने।
काहे कि उ जे चीज आज्ञा दिहले ओह में से एगो चेला बनावना भी बा, एकर मतलब बा कि हर चेला जे यीशु के पीछे चले ओकरो सीखे के पड़ी कि चेला कइसे बनावे के।
ऊ चेला लोग के चेला बनावे के चाहीं। आ ऊ चेला लोग के भी चेला बनावे के चाहीं। चेला के गुणा करना। इहे तरीका से जूमे काम करेला। ई खमीर जइसन बा - सगरा आटा में फइलत जाव जब तक सब आटा नहीं फूल जाव।
जब यीशु ई आज्ञा दिहले कि जाके चेला बनावा, त उ एगो वादा भी दिहले। यीशु कहले - "मैं हमेशा तोहरे साथ रहब। युग के अंत तक।"
हर अनुयायी के एह वादा पर भरोसा करे के चाहीं कि यीशु हमेशा हमरे साथ बा। काहे कि उ बा! लेकिन एकर मतलब ई भी बा कि यीशु के हर अनुयायी के ई बात मानके चले के चाहीं कि यीशु चाहेला कि हमनी में से हर एक चेला बनावे। काहे कि उ चाहेला।
यीशु कहले - "स्वर्ग आ पृथ्वी के सगरा अधिकार मोरे दिहल गइल बा। एह से जा आ चेला बनावा।"
जे अधिकार पर यीशु भरोसा करेला जब उ हमनी के भेजेला - ऊ ओकर अधिकार बा। यीशु कहले कि एकरा से ऊंचा कोई अधिकार नइखे। कोई परंपरा में एकरा से जादा अधिकार नइखे। कोई संस्कृति में एकरा से जादा अधिकार नइखे। धरती पर कोई कानून में एकरा से जादा अधिकार नइखे।
यीशु कहले - "जा आ चेला बनावा।"
आ खमीर जइसन हमनी फइलत रहब आ बढ़त रहब जब तक सगरा काम पूरा नहीं हो जाव।
चर्चा
(10 min)
- अगर यीशु अपन हर अनुयायी से चाहेलें कि उ लोग उनकर महान आज्ञा के पालन करे, तऽ फेरु एतना कम लोग काहे चेला बनावत बा?
READ
(5 min)
चेला अउर कलीसिया
ज़ुमे प्रशिक्षण में वापसी के स्वागत बा। एह सत्र में हमनी के चेलन अउर कलीसिया के बारे में बात करब जा।
चेला का होला? आ रउरा कइसे बनाईं?
रउवां यीशु के अनुयायी के उनकर सब आज्ञा के पालन करे के कइसे सिखावेनी? रउवां अइसन आदमी के कइसे ले जाईं जे आपन जीवन दुनिया के बंदी बना के जियले बा अउर ओकरा के परमेश्वर के राज्य के नागरिक बने खातिर सुसज्जित करीं?
चेला शब्द के अर्थ अनुयायी होला। त चेला परमेश्वर के अनुयायी होला। यीशु कहले - स्वर्ग आ धरती में सब अधिकार हमरा के दिहल गइल बा। त परमेश्वर के राज्य में, यीशु हमनी के राजा हवें। हमनी के उनकर नागरिक हईं जा, उनकर इच्छा के प्रजा हईं जा। उनकर इच्छा, उद्देश्य, मंशा, प्राथमिकता आ मूल्य सभसे ऊँच आ सभसे नीक होला। उनकर वचन व्यवस्था ह। त राज्य के नियम का ह? यीशु अपना नागरिकन से का करे के कहत हउवें?
यीशु कहले -- प्रभु परमेश्वर से पूरा हृदय से, पूरा आत्मा से, पूरा मन से अउर पूरा ताकत से प्रेम करीं। यीशु कहले -- अपना पड़ोसी से अपना जइसन प्रेम करीं। यीशु कहले कि पुरान नियम से परमेश्वर के आज्ञा -- सब व्यवस्था अउर भविष्यवक्ता -- के एह दुनो चीजन में संक्षेप में बतावल जा सकेला -- परमेश्वर से प्रेम करीं अउर लोग से प्रेम करीं। यीशु कहले -- चेला बनाईं। यीशु कहले -- उनकरा के सिखाईं कि उ सब आज्ञा के पालन करस।
चूँकि चेला बनावे में उनकरा के उ सब सिखावल शामिल बा जवन यीशु के आज्ञा देले रहले -- नया नियम के संक्षेप में एह एक बात में कहल जा सकेला -- चेला बनाईं।
चेला यीशु के अनुयायी होला जे परमेश्वर से प्रेम करेला, लोग से प्रेम करेला आ चेला बनावेला।
त कलीसिया का होला?
हो सकेला कि रउवां के कलीसिया के एगो भवन के रूप में सोचे के आदत होखे - एगो अइसन जगह जहाँ रउवां जाइब। लेकिन परमेश्वर के वचन कलीसिया के बारे में एगो सभा के रूप में बात करेला - एगो अइसन लोग जवना से रउवां संबंधित बानी।
बाइबल में "कलीसिया" शब्द के प्रयोग तीन अलग-अलग तरीका से कइल गइल बा:
१. सार्वभौमिक कलीसिया (विश्वव्यापी कलीसिया) -- उ सब लोग जे यीशु के अनुयायी रहले, बाड़े अवुरी कबो होईहे
२. शहर या क्षेत्रीय कलीसिया -- उ सब लोग जे यीशु के पीछे चलेला अउर दुनिया के कवनो खास इलाका में या ओकरा आसपास रहेला
३. घर में कलीसिया -- उ सब लोग जे यीशु के पीछे चलेलन अउर उहाँ मिलेलन जहाँ ओहमें से एक या एक से अधिक लोग रहेला।
एगो आध्यात्मिक परिवार - यीशु के अनुयायी जे परमेश्वर से प्रेम करेलन, लोग से प्रेम करेलन अउर चेला बनावेलन अउर जे स्थानीय रूप से एक साथ मिलेलन, एह आखिरी तरह के कलीसिया के निर्माण करेलन - घर में कलीसिया या साधारण कलीसिया।
जब एह साधारण कलीसिया के समूह कुछ बड़हन करे खातिर जुड़ जाला, एक साथ, त उ लोग एगो शहर या क्षेत्रीय कलीसिया बना सकेला।
ऊ सब साधारण कलीसिया क्षेत्रन में नेटवर्किंग आ इतिहास में फइलल सार्वभौमिक कलीसिया के निर्माण करेला।
ई बा उ कलीसिया जवना में बड़का "सी" बा
साधारण कलीसिया आध्यात्मिक परिवार हवें जेकरा केंद्र आ राजा यीशु हवें। साधारण कलीसिया आध्यात्मिक परिवार ह जवन परमेश्वर से प्रेम करेला, दूसरा से प्रेम करेला अउर चेला बनावेला जे गुणा करेला। कुछ कलीसियन में बिल्डिंग आ प्रोग्राम आ बजट आ स्टाफ बा। लेकिन साधारण कलीसिया के परमेश्वर से प्रेम करे, दूसरा से प्रेम करे अउर गुणा करे वाला चेला बनावे खातिर एह में से कवनो चीज के जरूरत नइखे। अउर चूंकि कवनो अतिरिक्त चीज एगो कलीसिया के अउरी जटिल अउर गुणा करे में कठिन बना देला, हमनी के प्रशिक्षण बिल्डिंग अउर प्रोग्राम अउर बजट अउर स्टाफ जइसन चीजन के शहर या क्षेत्रीय कलीसिया पर छोड़ देला जवन साधारण कलीसिया के गुणा से बनल बा।
याद रखीं "zume" के मतलब होला "खमीर" -- एगो साधारण, एकल कोशिका वाला जीव जवन जल्दी प्रजनन करेला।
Zume ट्रेनिंग के साथ - हमनी के ओह खमीर जइसन होखे वाला बानी जा - सरल आ गुणा करे वाला। लेकिन गुणा शुरू करे से पहिले - आईं ई सुनिश्चित कर लीं कि हमनी के मालूम होखे कि परमेश्वर का चाहत बाड़न कि का प्रजनन कइल जाव। काहे कि गुणा बढ़िया हो सकेला - बाकिर हमेशा ना। कैंसर भी गुणा ह। आ ई जानलेवा बा। त हमनी मौत के ना, जीवन के कइसे प्रजनन करीं जा? आ हमनी कइसे सुनिश्चित करब जा कि हमनी का प्रजनन करे लायक चेला हईं जा?
चर्चा
(10 min)
- जब रउआ कलीसिया के बारे में सोचेनी तऽ राउर दिमाग में का आवेला?
- ओह तस्वीर अउर वीडियो में बतावल गइल "साधारण कलीसिया" में का फर्क बा?
- रउरा का लागत बा, एकरा में से कवना के बढ़ावल (गुणात्मक कइल) आसान होखी अउर काहे?
READ
(5 min)
परमेश्वर के बात सुनल आ मानल
जूमे शिक्षा पावला में राऊर स्वागत बा।
हमनी के एह भाग में परमेश्वर से सुनल अऊर जेवन सुनले बानी ओकरा के कइला के बारे में बात कइल जा।
सांस लिहल जीवन बा। हमनी के सांस भीतर लेई ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोडे ली जा। जीवन।
सांस लिहल परमेश्वर के राज में ओतना ही खास बा।
सही में परमेश्वर आपन आत्मा के - "सांस" कहेलन।
परमेश्वर के राज में, जब हमनी के परमेश्वर के बात सुने ली जा, त सांस भीतर लेई ली जा।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकर वचन के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - बाइबल।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के प्रार्थना के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - उनकरा संगे हमनी के बातचीत।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकरा देह के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - चर्च, प्रभु यीशु के दूसरे चेला।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा जब हमनी के उनकरा काम के जरिये परमेश्वर के बात सुने ली जा - घटना, अनुभव अऊर सताव अऊर दुःख जेकरा से उ आपन लइकन के जाये देबेलन।
परमेश्वर के राज में हमनी के सास बाहरा छोडे ली जा, जब हमनी के परमेश्वर बात पर काम करे ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोडे ली जा जब हमनी के आदेश माने ली जा।
कबो-कबो आदेश मनला के खातिर सांस बाहरा छोड़ला के मतलब बा आपन बिचार, आपन शब्द, या आपन काम के बदलल, ओह लोगन के प्रभु यीशु अऊर उनकरा इच्छा के संगे मेल में ले आवे खातीर।
कबो-कबो आदेश मनला के खातिर सांस बाहरा छोड़ला के मतलब होखे ला ओकरा के बाटल जेवन प्रभु यीशु हमनी के संगे बटले बाड़न-ओकरा के दिहल जेवन उ हमनी के देले बाड़न - ताकि दूसर केहू भी आशिर्वाद पावस, जईसन कि परमेश्वर हमनी के आशिर्वाद देबेलन।
प्रभु यीशु एगो चेला के खातीर - एहसास भीतर लिहल अऊर बाहरा छोड़ल खास बा। इहे हमनी के जीवन बा।
प्रभु यीशु कहलन पुत्र खुद से कुछ ना क सकेलन। जेवन उ पिता के करत देखेलन, उहे करेलन। जेवन कुछ पिता करेलन, उहे पुत्र भी करेलन।
प्रभु यीशु कहलन - हम अपना अधिकार से बात नइखी करत। पिता जेवन हमरा के भेजले बाड़न उहे हमरा के आदेश देले बाड़न कि का कहे के बा अऊर कइसे कहे के बा।
प्रभु यीशु कहलन कि जेवन शब्द उ कहलन अऊर हर एगो काम उ कईसन, उ परमेश्वर से सुनला अऊर उनकर आदेश मनला पर भरोसा बा।
सांस भीतर लिहल-परमेश्वर क बात सुनल।
सांस बाहरा छोड़ल - जेवन रऊवा सुनी ला उनकर आदेश मानी ला अऊर दूसरा के संगे ओकरा के बांटी ला।
प्रभु यीशु कहलन कि उनकर चेला भी परमेश्वर के बात सुनीहन, उनकरा के पवित्र आत्मा के सहायता से उनकर सांस-जेवन उनकर हर एगो चेला के दिहल जाई।
प्रभु यीशु कहलन - सहायक, पवित्र आत्मा, जेकरा के पिता हमरा नाम से भेजिहन, उ तोहन लोग के सगरी बात सीखईहन अऊर हमार सगरी बात याद करइहन।
सांस भीतर लिहल - परमेश्वर के बात सुनला।
सांस बाहरा छोड़ल - जेवन रऊवा सुनी ला उनकरा आदेश के मानी ला अऊर दूसरा के संगे ओकरा के बांटी ला।
प्रभु यीशु हमनी के देखावत रहलन कि कइसे जीयल जाला।
त हमनी के परमेश्वर के अवाज के कइसे सुने ली जा? हमनी के कइसे जानव जा कि आदेश कइसे माने के बा?
प्रभु यीशु खुद के "अच्छा चरवाहा" कहले बाड़न। प्रभु यीशु अपना चेलन के "भेड़" कहले बाड़न।
प्रभु यीशु कहलन - हमार भेड़ हमार अवाज सुने ली, अऊर हम उनकरा के जानत बानी अऊर उ हमरा पिछे चले ली।
प्रभु यीशु कहलन - जे केहू परमेश्वर के बा उ परमेश्वर क बात सुने ला। तु ना सुने ल काहे से कि तु परमेश्वर के नइख।
प्रभु यीशु के चेलन के तरीका में, हमनी के उनकर अवाज सुने के खातीर उनकरा जईसन होखे के चाही।
हमनी के चुप रहि के उनकर अवाज सुने ली जा।
प्रभु यीशु पर धियान लगावला के जरिये हमनी के उनकर अवाज सुने ली जा।
हमनी के अपना विचार में, अपना देखला में अऊर असर में उनकर अवाज के सुने ली जा।
जब हमनी के सुन के लिखे ली जा तब हमनी के उनकर अवाज के सुने ली जा।
हर एगो अवाज, हर एगो विचार, हर एगो देखल, भावना या असर परमेश्वर के अवाज नइखे।
कबो-कबो इ दुश्मन के अवाज होखे ला। प्रभु यीशु कहलन हमनी के दुश्मन झूठा बा अऊर झूठा के बाप बा। प्रभु यीशु कहलन हमनी के दुश्मन चोरोवे, घात करे अऊर नाश करे खातीर आवे ला।
बाकी परमेश्वर कहत बाड़न कि हमनी के उनकर अवाज सुनब जा अऊर हमनी के मालूम हो जाई जब उ हमनी से बात करेलन।
कोशिश (अभ्यास) अऊर प्रार्थना के जरिये, हमनी के परमेश्वर के अवाज के सबसे बढ़िया से जान सकत बानी जा। हमनी के इ जानल सीख सकत बानी जा कि जेवन हमनी के सुनत बानी जा उ परमेश्वर के अवाज बा कि केहू दूसरा के अवाज बा।
जेवन हमनी के सुने ली जा ओकरा के परखे खातीर कुछु तरीका बा:
जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज हरमेशा उनकर लिखल वचन-यानी बाइबल- के संगे मेल खाई जेकरा के हमनी के पहिले बता दिहल गईल बा। उनकर बोलल गईल अवाज उनकर लिखल अवाज के खिलाफ में कबो ना होई।जब प्रभु यीशु बात करेलन - तब उनकर अवाज हमनी के हृदय के आशा अऊर शांति के एगो महसुस (एहसास) देबे ला। उनकर अवाज हमनी पर दोष ना लगाई या हमनी के निराश ना करे ला। प्रभु यीशु प्रेम से सुधारे लन।प्रभु यीशु के अवाज शरीर के काम के ना देखाई-शरीर के गलत काम अऊर अशुद्ध, व्यभिचार, मूर्तिपूजा अऊर काला जादू, लड़ाई अऊर झगड़ा, जलन अऊर करोध, खुद के फायदा, अलगा-अलगा विचार, गुटबाजी अऊर डाह, पियक्कड़ अऊर मऊज मस्ती। इ बात परमेश्वर के अवाज के ओर से नइखे।जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज परमेश्वर के आत्मा के फल देखाई देबे लागी- प्रेम अऊर खुशी, शांति अऊर धीरज, दया अऊर भलाई, विश्वास जोग, दीन अऊर आत्मा के संयम।जब प्रभु यीशु बोलेलन - तब उनकर अवाज हमनी के खुद के विश्वास देबे ला ना कि शक। हमनी के अपना भीतर ज्ञान अऊर शांति के एहसास करी ली जा कि जेवन हमनी के सुन रहल बानी जा, उ परमेश्वर के ओर से बा। हो सकेत हमनी के एक ही बार में सगरी कुछ ना सुन पाई जा। हो सकेत हमनी के उनकर केवल एगो भाग सुन पायी जा जेवन हमनी के जाने के जरूरत बा। बाकी जेवन हमनी के सुने ली जा उ बहुत मजबुत होई- उ बदलीना।
प्रभु यीशु हर एगो चेला के खातीर शुभ (बढ़िया) समाचार इ बा कि जब हमनी के सांस भीतर लेई ली जा अऊर परमेश्वर से सुने ली जा अऊर जब हमनी के सांस बाहरा छोड़े ली जा अऊर जेवन हमनी के सुने ली जा उनकरा आदेश के माने ली जा अऊर दुसरा के बतावे ली जा - तब परमेश्वर अऊर भी सही तरीका से बात करिहन।
उनकर सांस हमनी से भी अधिक निकली।
तब हमनी के अऊर सही तरीका से उनकर अवाज सुन पाईब जा।
हमनी के उनकर अवाज के पहिचानब जा ना कि दुसरा के।
हमनी के दुनिया में उनकरा काम के देखब जा अऊर उनकरा संगे मिल के काम क पाइब जा।
हमनी के सांस भीतर लेई ली जा। हमनी के सांस बाहरा छोड़े ली जा। जीवन।
चर्चा
(10 min)
- परमेश्वर के आवाज सुनल आ पहिचानल सीखेला काहे जरूरी बा?
- का प्रभु के आवाज सुनल आ ओकर जवाब दिहल सचमुच साँस लेबे जइसन बा? काहे चाहे काहे ना?
READ
(5 min)
एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल पढ़ल
जूम टूलकिट 2 एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल अध्ययन यीशु कहलन -- "सब जाति के लोगन के चेला बनाईं, ओह लोगन के पिता, पुत्र अउर पवित्र आत्मा के नाम से बपतिस्मा दीं अउर ओह लोगन के उ सब बात जे हम रउरा के आज्ञा दिहले बानी, ओकर पालन करेला सिखाईं..." हर यीशु के अनुयायी जे उनकर आज्ञा मानेवाला बा उ सब आज्ञा जे यीशु दिहलन, तऽ उ लोगन के इ जानल जरूरी बा कि यीशु कवन आज्ञा दिहले बाड़ें। महान आज्ञा अउऱ महान आदेश परमेश्वर के हमनी से जवन कहे के बा ओकर एगो ई बड़हन सारांश बा, बाकि अगर अनुयायी पूरा रीति से बढ़े वाला बा परमेश्वर ओह लोगन के कवना खातिर बनवले बाड़न, तऽ ओह लोगन के अउर जाने आ जादे पालन करे पड़ी। एस.ओ.ए.पी.एस. के का मतलब बा: पवित्रशास्त्र अवलोकन निवेदन प्रार्थना अउर साझा करीं ई सीखे के एगो आसान तरीका बा याद रखीं, बाइबिल अध्ययन के ई एगो प्रभावी तरीका बा जे यीशु के कवनो अनुयायी एकर इस्तेमाल कर सकेला। आईं जा आ हरेक खंड के तनिका सा अउर देखल जाव। जब रउवां बाइबिल के पढ़ेनी चाहे सुनेनी: पवित्रशास्त्र तऽ एगो चाहे एगो से जादा पद के लिखीं जवन आज के दिन रउरा खातिर खास तौर से उपयोगी बा। अवलोकन बाइबिल से ओह पद चाहे ओह प्रमुख बिन्दुअन के दोबारा लिखीं आपन शब्दन में लिखीं जवना से कि रउरा के बेहतर तरीका से अर्थ के समझे में मदद मिल सकस। निवेदन अउर सोचीं कि एकर मतलब का होला। आपन जिनगी में एह आज्ञा आ धारणा के पालन करीं। रउरा के अलग तरह से का करे के पड़ी? ई सब के लिख लीं। प्रार्थना एगो प्रार्थना लिखीं जेकरा में परमेश्वर के बताईं कि रउवां उनकर वचन में से का पढ़त आइल बानी उनकर आज्ञा के पालन करे के बारे में रउवां का समझत बानी जवन सीखले बानी ओकरा के आपन जिनगी में उतारीं। साझा करीं परमेश्वर से पूछीं काहेंकि उ चाहेलन कि रउवां केकरा साथ साझा करल चाहेनी रउरा का सीखले बानी ओकरा के कइसे लागू करब। तऽ आईं एस.ओ.ए.पी.एस. के काम में लावल जाव: पवित्रशास्त्र बाइबिल कहेली: "काहेंकि हमार अउर राउर विचार एक समान नइखे, प्रभु कहले बाड़ें कि ना राउर राह हमार राह बा।" "काहेकि जइसे आकाश, धरती से ऊँच बा, ओईसहीं राउर राह से हमार राह ऊँच बा राउर विचार से हमार विचार ऊँच बा।" यशायाह 55:8-9 अवलोकन एगो इंसान के रूप में हमार दायरा बा हमरा का जाने के बा अउर कइसे हमरा करे के बा। परमेश्वर खातिर कवनो दायरा नइखे। ऊ सब कुछ देखेलन आ जानेलन। ऊ कुछुओ कर सकेलन। निवेदन परमेश्वर सब कुछ जानेलन आ उनकर राह सबसे बढ़िया बा, अगर हम उनका पीछे चलब तऽ अपना जिनिगी में बहुत जादा सफल होखब अपना काम करे के तरीका पर भरोसा करे के बजाय। प्रार्थना - हे प्रभु, हमरा नइखे मालूम कि बढ़िया जिनिगी कइसे जिए के बा दोसरा के मदद करीं जवना से कि रउरा के संतुष्टी मिले। हमार राह हमरा गलती के ओर ले जा सकेला। हमार विचार हमरा के आहत कर सकेला। एकरा बजाय, कृपा करके हमरा के आपन राह आ आपन विचार सिखाईं। राउर पवित्र आत्मा हमरा अगुवाई करे काहेंकि हम राउर अनुयायी हईं। साझा हम एह पद के अउर निवेदन के आपन दोस्त स्टीव से साझा करब, उ एगो कठिन समय से गुजर रहल बा आ ओकरा आपन जिनगी के खास फैसला खातिर सही राह के जरूरत बा। एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल अध्ययन। जूम टूलकिट एगो आसान टूल बा।
गतिविधि
(30 min)
एस ओ ए पी एस बाइबिल अध्ययन
क्यूआर कोड के स्कैन करीं।
मत्ती 6:9-13 के अध्ययन करे खातिर एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल अध्ययन के उपयोग करत (20 मिनट) व्यक्तिगत रूप से काम करीं।
अब (10 मिनट) खातिर दू चाहे तीन गो समूह में मिल के एस.ओ.ए.पी.एस के साझा करीं।
पवित्रशास्त्र
आज रउरा खातिर जे विशेष रूप से अर्थपूर्ण एगो चाहे एगो से ज्यादा पद बा, ओकरा के लिखीं।
अवलोकन
बेहतर तरीका से समझे खातिर ओह पद चाहे प्रमुख बिन्दु सब के अपना शब्दन में दोबारा लिखीं।
निवेदन
सोचीं कि अपना जिनगी में एह आज्ञा के पालन करे के मतलब का होला।
प्रार्थना
एगो प्रार्थना लिखीं जवना में परमेश्वर के बतावल जाव कि रउआ का सीखले बानी अउर रउआ कइसे माने के योजना बनावत बानी।
साझा कइल
परमेश्वर से पूछीं कि उ केकरा से चाहत बाड़न कि रउवां जवन सीखले बानी/लागू कइले बानी ओकरा केकरा से बाँटे के चाहीं।
एइजा एगो उदाहरण दिहल जा रहल बा एस ओ ए पी एस कइसे काम करेला:
एस - "काहेंकि यहोवा कहेलन, हमार विचार अउर राउर विचार एक जइसन नइखे, ना राउर राह अउर हमार राह एक जइसन बा"। "काहेंकि हमार अउर राउर राह में आ हमार अउर राउर विचार में, आकाश अउर धरती के अन्तर बा।" यशायाह 55:8-9
ओ - एगो इंसान के रूप में हम जवन जानत बानी आ जवन करे के जानत बानी ओकरा में सीमित बानी। परमेश्वर कवनो तरह से सीमित नइखन। ऊ सब कुछ देखत बाड़ें आ जानत बाड़ें ऊ कुछ भी कर सकेलें।
ए - चूंकि परमेश्वर सबकुछ जानत बाड़े अउर उनकर तरीका सबसे निमन बा, एहसे हमरा जिनगी में बहुत जादे सफलता मिली, अगर हम अपना तरीका पर भरोसा करे के बजाय उनकर पालन करीं।
पी - प्रभु, हमरा नइखे मालूम कि कइसे एगो बढ़िया जिनगी जीए के चाहीं जवन रउरा के खुश करे आ दोसरा के मदद करे। हमार रास्ता गलती के ओर ले जाला। हमार विचार आहत करे के ओर ले जाला। एकरा बदले, कृपया हमरा के आपन राह आ आपन विचार सिखाईं। जब हम राउर पीछे चलत बानी तऽ राउर पवित्र आत्मा हमरा के मार्गदर्शन करे।
एस - हम ई पद आ ई एप्लीकेशन अपना दोस्त स्टीव के साथे साझा करब, जे मुश्किल समय से गुजर रहल बाड़न आ जवना महत्वपूर्ण फैसला के सामना करे के पड़त बा ओकरा खातिर दिशा के जरूरत बा।
READ
(5 min)
उत्तरदायित्व समूह
जूम टूलकिट जवाबदेही समूह यीशु कहलें - "हर केहू ओह आदमी से जेकरा बहुत दिहल गइल बा, बहुत माँगल जाई; आ जेकरा के बहुत सौंपल गइल बा ओकरा से, अउर बहुत माँगल जाई।" यीशु जवाबदेही वाला कई गो कहानी के साझा कइलन ऊ हमनी के कई गो सच्चाई बतवलन कि हमनी के कइसे जिम्मेदार ठहरावल जाई हम का करेनी जा अउर का कहेनी जा। अब यीशु हमनी के इ सब बात बतावत बाड़े, ताकि आगे खातिर हमनी के तैयार रहीं जा। काहेंकि हमनी के एक दिन उनकरा सोझे हिसाब देवे के पड़ी, एक दोसरा से जवाबदेह होखे के आदत डालल बढ़िया बा। जवाबदेही समूह एके लिंग के दू-तीन लोगन से बनल होखेला - मरद साथे मरद, अउर अउरत साथे अउरत - जवन लोग कुछ सवालन पर चर्चा करे खातिर सप्ताह में एक बेर मिलेलन जवना से ओह क्षेत्रन के उजागर करे में मदद मिलेला जहँवा काम सही से चल रहल बा आ दूसरा क्षेत्रन में जवन सुधार के जरूरत बा। यीशु के हरेक अनुयायी के जवाबदेह ठहरावल जाई, एह से यीशु के हरेक अनुयायी के दूसरा लोगन संग जवाबदेही के अभ्यास करे के चाहिं। जवाबदेही समूह जूम टूलकिट में एगो अउरी आसान टूल।
गतिविधि
(20 min)
जवाबदेही समूह
क्यूआर कोड के स्कैन करीं।
एक जइसन लिंग के दू चाहे तीन लोगन के समूह में बंट जाईं।
अगिला 20 मिनट एक संगे मिल के जवाबदेही सवालन के जरिए काम करीं।
- का रउआ देखले बानी कि परमेश्वर कइसे काम कर रहल बाड़ें?
- का रउवां एह हफ्ता अपना बोली अउर काम दुनो से यीशु मसीह के महानता के गवाही देले बानी?
- का रउआ कवनो यौन उत्तेजक सामग्री देखले बानी चाहे अपना मन के गलत यौन विचार में भटकावे दिहनी?
- का रउआ धन के इस्तेमाल में परमेश्वर के मालिकाना हक के स्वीकार कईले बानी?
- का रउआ कबहुँ कवनो चीज़ के लोभ कइले बानी?"
- का रउआ अपना बात से केहू के इज्जत चाहे भावना के चोट पहुंचवले बानी?
- का रउआ बात चाहे काम में बेईमानी कइले बानी चाहे बात के बढ़ा चढ़ा के बतवले बानी?
- का रउआ कवनो लत (चाहे आलसीपन, चाहे अनुशासनहीनता) के आगे हार मान लेले बानी?
- का रउआ कपड़ा, दोस्त, काम, चाहे संपत्ति के गुलाम रहल बानी?
- का रउआ केहू के माफ करे में नाकाम रहल बानी?
- रउरा के कवन-कवन चिंता आ घबराहट के सामना करे के पड़त बा?
- का रउआ शिकायत कइनी चाहे बड़बड़इनी?
- का रउआ धन्यवाद से भरल दिल बनवले रखनी?
- का रउआ आपन जरुरी रिश्ता में आदर, समझदारी आ उदारता देखवले बानी?
- रउआ के सोच, बोल चाहे काम में कवन प्रलोभन के सामना करे भइल अउर रउआ ओकरा पर कइसे प्रतिक्रिया देनी?
- दूसरा लोग के, खासकर के विश्वासियन के, सेवा करे चाहे आशीर्वाद देवे के मौका रउआ कईसे इस्तेमाल कइनी?
- का रउआ प्रार्थना के कवनो विशेष जवाब देखले बानी?
समीक्षा
(1 min)
एह सत्र में सुनल गइल सिद्धान्त:
एह सत्र में सुनल गइल टूल:
- परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
- चेला अउर कलीसिया के सरल परिभाषा
- आत्मिक साँस लिहल परमेश्वर के सुनल अउर उनकर आज्ञा मानल बा
- एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल पढ़ल
- उत्तरदायित्व समूह
NEXT STEP
आज्ञा मानल
अब से ले के राउर अगिला बइठक तक एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल अध्ययन के अभ्यास शुरू करीं। मत्ती 5-7 पर ध्यान केंद्रित करीं अउर एकरा दिन में कम से कम एक बेर पढ़ीं। एस.ओ.ए.पी.एस. प्रारूप के उपयोग करत एगो दैनिक नोटबुक में लिखीं।
साझा कइल
एगो जवाबदेही साथी खोजीं (एक जइसन लिंग के) अउर ओह लोग के साथ साप्ताहिक रुप से मिल के बइठक कइल शुरू करीं।