जूम प्रशिक्षण के शुरु करीं

अपना खुद के प्रशिक्षण बनाईं

एगो समूह बनाईं

कुछ दोस्तन के इकट्ठा करीं चाहे मौजूदा छोट समूह के साथे ई कोर्स के शुरु करीं। आपन प्रशिक्षण समूह बनाईं आ आपन प्रगति के ट्रैक करीं।

बनाईं

कवनो प्रशिक्षण में शामिल होखीं

एगो समूह से जुड़ीं

अगर रउआ अभी समूह ना जुटा सकीं तऽ हमनी के अनुभवी जूम प्रशिक्षक के जरिए संचालित कवनो ऑनलाइन प्रशिक्षण समूह से जुड़े खातिर विचार करीं।

जुड़ीं

प्रशिक्षक के निहोरा करीं

प्रशिक्षक के निहोरा करीं

हम रउआ के एगो मुफ्त जूम प्रशिक्षक से जोड़ सकेनी जे प्रशिक्षण के समझवे अउर फलदायी चेला बनावे में मदद करी।

मदद लीं

कोर्स के सिद्धान्त

एह खुद से करे वाला कोर्स में रउआ आ रउआ के प्रशिक्षण समूह, छोट-छोट वीडियो, चर्चा के सवाल, आ सरल अभ्यास के इस्तेमाल से निम्नलिखित क्षेत्रन में आपन कौशल आ ज्ञान के विकास करी:

चेला बनावे के सिद्धांत

  • परमेश्वर साधारण लोगन के उपयोग करेलें
  • चेला अउर कलीसिया के सरल परिभाषा
  • आत्मिक साँस लिहल परमेश्वर के सुनल अउर उनकर आज्ञा मानल बा
  • उपभोक्ता बनाम उत्पादक के जिनगी के तरीका
  • आत्मिक अर्थव्यवस्था
  • बत्तख के बच्चा के जइसन चेलापन – तुरंत अगुवाई करेला
  • देखे खातिर आँख हो कि परमेशवर के राज्य कहँवा नइखे
  • शांति के आदमी अउर एकरा के कइसे खोजल जाला
  • विश्वास योग्यता, ज्ञान से बेहतर होला
  • समूह के नेतृत्व
  • असमान रुप से विकास के उम्मीद
  • बढ़ोतरी के रफ्तार मायने राखेला
  • हमेशा दू गो कलीसिया के हिस्सा
  • नेटवर्क में नेतृत्व
  • साथी मार्गदर्शन समूह

आत्मिक अभ्यास

  • एस.ओ.ए.पी.एस. बाइबिल अध्ययन
  • उत्तरदायित्व समूह
  • एक घंटा प्रार्थना में कइसे बिताईं
  • सम्बन्धन के जिम्मेदारी - 100 गो के सूची
  • सुसमाचार के कइसे साझा कइल जाव
  • बपतिस्मा अउर एकरा कइसे करीं
  • आपन 3-मिनट के गवाही तइयार करीं
  • दर्शन साझा कइल सबसे बड़ आशीर्वाद बा
  • प्रभु भोज अउर एकर अगुवाई कईसे कईल जाला
  • प्रेयर वाकिंग अउर ई कईसे कईल जाला
  • आशीर्वाद के प्रार्थना के पैटर्न (तरीका)
  • 3/3 ग्रुप मिटिंग पैटर्न (तरीका)
  • परिपक्व होखे वाला चेलन खातिर प्रशिक्षण प्रक्रिया
  • तीन महीना के योजना
  • कोचिंग चेकलिस्ट
  • फोर फील्ड टूल
  • पीढ़ीयन के मानचित्र
  • 3-सर्किल सुसमाचार प्रस्तुति

प्रशिक्षण के समय सारिणी

जूम प्रशिक्षण 20 घंटा के बा। बाकि ई 20 घंटा के प्रशिक्षण समूह के उपलब्धता के हिसाब से बाँटल जा सकेला।

10 गो सत्र

जूम के बुनीयादी कोर्स के प्रारूप में 10 गो दू-दू घंटा वाला सत्र होला। हर सत्र के बाद व्यावहारिक पालन के कदम आ अगिला सत्र से पहिले साझा करे के तरीका बतावल जाला। ई आमतौर पर सप्ताह में एक दिन अउर दस सप्ताह तक चलावल जाला।

20 गो सत्र

अगर धीरे-धीरे गहराई से सिखे के चाहत बा, तऽ 20 सत्र वाला प्रारूप में हर टूल्स आ सिद्धान्त के अभ्यास के मौका बढ़ जाला।

गहन

जूम के 5 गो आधा दिन (4 घंटा) के सत्र, में भी छोट कइल जा सकेला। एकरा के शुक्रवार के साँझ (4 घंटा) अउर शनिचर के पूरा दिन (8 घंटा) अउर अतवार के पूरा दिन (8 घंटा)।

का जरूरी बा?

कोर्स खातिर जरूरी बा:

  • एगो आदमी (संभावित रूप से रउआ) जे मीटिंग के समय में आ जगह के तय करी अउर चर्चा के अगुवाई करी आ कार्रवाई करे वाला बतियन के बढ़ावा देई।
  • कोर्स के सिद्धांत अउर टूल सीखे आ अभ्यास करे खातिर 20 घंटा बितावे के प्रतिबद्धता।
  • कम से कम 3 लोग, बाकि आदर्श रूप से 12 गो से कम।

कोर्स खातिर जरूरी नइखे:

  • ×कोर्स के अगुवाई करे खातिर कवनो खास अनुमति के जरूरत नइखे! जूम स्वचालित अउर खुद से सीखे वाला कोर्स बा, आ रउआ एकरा के आज ही से शुरू कर सकेनी।
  • ×राउर समूह से बेसी ज्ञान चाहे अनुभव के जरूरत नइखे! अगर रउआ अगिला पर क्लिक कर सकेनी तऽ रउआ जूम प्रशिक्षण के अगुवाई कर सकेनी।