कोचिंग चेकलिस्ट
कोचिंग चेकलिस्ट एगो सरल टूल बा जवना के रउआ दुसरन के मदद करत समय राह देखावे खातिर इस्तेमाल कर सकीं उ लोग पूरा तरह से तइयार चेला बन सके। नीचे जूम प्रशिक्षण में सिखावल गइल सिद्धान्त जइसे प्रशिक्षण प्रक्रिया या सम्बन्धन के जिम्मेदारी - 100 गो के सूची खातिर कोचिंग चेकलिस्ट के एगो उदाहरण बा। कोचिंग चेकलिस्ट रउआ के केंद्रित आ जुड़ल रखी जब रउआ यीशु के अनुयायी लोग के परमेश्वर के परिवार में अगुवा बनावे में मदद करत बानी। जहाँ भी जाईं, रउआ एह टूल के इस्तेमाल कर सकत बानी। ई सूची रउआ के ई सवाल के जवाब देवे में मदद करेला: रउआ दूसरन में कवन कौशल विकसित होत देखत बानी? अबहियो कवन क्षेत्र विकसित होखे के जरूरत बा?
कोचिंग चेकलिस्ट एगो ताकतवर टूल बा जवना के इस्तेमाल करके रउआ जल्दी से ई आकलन कर सकत बानी कि गुणात्मक बढ़त करे वाला चेला बनावे में रउआ के मजबूती आ कमजोरी कहाँ बा। ई दूसरन के मदद करे खातिर भी ताकतवर टूल बा — आ दोसर लोग एकर इस्तेमाल रउआ के मदद करे खातिर भी कर सकेला। नीचे दिहल लिंक से कोचिंग चेकलिस्ट डाउनलोड करीं आ ई छोट आत्म-मूल्यांकन (5 मिनट या ओकरा से कम) करीं:
- चेकलिस्ट के सबसे बायाँ कॉलम में दिहल प्रशिक्षण के टूल/सिद्धान्त के पढ़ीं।
- हर प्रशिक्षण टूल के नीचे दिहल तरीका से चिन्हित करीं:
- अगर रउआ ओह टूल से अनजान बानी, ओकरा के ना समझत बानी, या गलतफहमी में बानी — तऽ BLACK (काला) कॉलम के चिन्हित करीं
- अगर रउआ कुछ हद तक ओह टूल से परिचित बानी, बाकिर अबहियो पक्का नइखी — तऽ RED (लाल) कॉलम के चिन्हित करीं
- अगर रउआ ओह टूल के समझत बानी आ ओकर बुनियादी बात के प्रशिक्षित कर सकत बानी — तऽ YELLOW (पीला) कॉलम के चिन्हित करीं
- अगर रउआ आत्मविश्वास महसूस करत बानी आ ओह टूल के प्रभावी ढंग से प्रशिक्षित कर सकत बानी — तऽ GREEN (हरा) कॉलम के चिन्हित करीं
खुद से पूछीं
- रउआ के कवन कवन टूल आ सिद्धान्त अतना आसान लागेला कि रउआ ओह के बढ़िया से सीखा सकीं?
- रउआ के कवन-कवन टूल आ सिद्धान्त अइसन लागल जेरा से सिखावे में रउआ के दिक्कत हो सकेला?
- का कवनो अइसन टूल चाहे सिद्धान्त बा जेकरा के रउआ चेकलिस्ट में जोड़े चाहे हटावे के चाहब? काहें?
आज ही जूम प्रशिक्षण शुरू करीं
ई बिलकुल मुफ्त बा, आ रउआ कबो शुरू कर सकेनी—जहंवा रउआ बानी, ओहिजे अपना गति से आगे बढ़ीं।
पंजीकरण मुफ्त बा